बहुआ के उठेला दरदिया, मैं दर्दे व्याकुल हो,





ऐ ललना पियवा चलले अम्मा लिआवन, दुअरे पर से फिर अइले हो ,





ए धनिया हमरे ही दाड धके काख त, अम्मा नाही आवेली हो,





पियवा के दाड धके काखेली, पियवा लजा गइले हो ,





ए धनिया आजूए से खईबो किरियवा, सेजरिया तोहरा ना अइबो हो,





बबुआ के 6 दिन छठी करबो, 12 दिन पर बरही ना हो,





ए ललना बरही के दिन सेजिया डासब, सेजरिया रउवा आवे के पड़ी,