You are here
Home > Sohar > Sohar geet hindi lyrics: भोरही में उठनी बहूरिया त घर आंगन झारेली हो

Sohar geet hindi lyrics: भोरही में उठनी बहूरिया त घर आंगन झारेली हो

Sohar lyrics | sohar geet lyrics | by Sarita lokgeet

भोरही में उठनी बहूरिया त घर आंगन झारेली हो

ए ललना अचके में उठेला दरदिया कमर पीर आईले न हो -2

भोरही में उठनी बहूरिया त घर आंगन झारेली हो

ए ललना अचके में उठेला दरदिया कमर पीर आईले न हो -2

एक पीर आईले दूसर पीर अवरू तिसर पीर हो

ए ललना जामी गईले गोदिया बलकवा आंगन उठे सोहर हो -2

नाचत गावत ननदी अइनी ललन के खेलावेली हो

ए ललना के बबुआ के कजरा लगावेली थरिया बजावे ली हो -2

बरही के दिनवा ननदी नाचेलीे नाचत गावेली हो

ए ललना भौजी जे देवेली नेगवा देखत निक लागेला हो

ए ललना भौजी जे देवेली नेगवा बहुत निक लागेला हो

One thought on “Sohar geet hindi lyrics: भोरही में उठनी बहूरिया त घर आंगन झारेली हो

Leave a Reply

Top