You are here
Home > Sohar > Sohar geet hindi lyrics: मचीयानी बैठेली सासु त बहूआ से बोलेली हो

Sohar geet hindi lyrics: मचीयानी बैठेली सासु त बहूआ से बोलेली हो

Sohar geet lyrics | bhojpuri sohar geet lyrics in hindi | by Sarita lokgeet | Sohar geet hindi lyrics

इसे भी पढ़ें:

मचीयानी बैठेली सासु त बहूआ से बोलेली हो

ए बहुआ एकहू बेटा बिअइतू त सोहर हम गवती ना हो

बोलिया त बोलेलु सासु त बोलहू ना जाने लुहो

ए सासू राउर बेटा हउवे नादान कदर नाहीं जाने ले हो

ए सासू राउर बेटा हउवे नादान मरम नाहीं जाने ले हो

अंगना बहारत तूहू चेरिया त अवरू लउडिया ना हो

ए चेरिया जाई खबर दे तू बबुआ महालिया बोलावहु हो

तसवा खेलत तू हूं बबुआ त तसवा जनी खेलना हो

ए बबुआ तोहर धनी बाड़ी व्याकुल घरवा बुलावहू हो

एक डेग डलले औखटवा दूसर डेग चौखट हो

ए ललना ठोके लगले बजर केवड़िया खोल ना धनी आकसर हो

किया हवे चोरवा चंडलवा त कुकुर बिलैया हवे हो

ए ललना किया हवे बबुआ के बाबूजी त केवड़िया हुडुकावेले हो

नाहीं हइ चोरवा चंडलवा त नाही कुकुर बिलैया हइ हो

ए ललना हम हइ बबुआ के बाबूजी त केवड़िया हुडुकावेनी हो

ए ललना हम हइ बबुआ के बाबूजी त सोहर सुनाव हो

One thought on “Sohar geet hindi lyrics: मचीयानी बैठेली सासु त बहूआ से बोलेली हो

Leave a Reply

Top