sohar geet hindi | sohar geet hindi lyrics | by Sarita lokgeet









भादो के रतिया अनहरिया बदरिया रिमझिम बरसेला हो,





ऐ ललना घर में से निकली बहुरिया त साजन के जगावे ली हो,(2)





तुहु त राजा निरमोहिया बुलाई नाही बोले ला हो,





ए राजा क्षणभर देव बरसेले महलिया चुवेला हो,(2)





तू हूं त धनिया सर्वे गुणवा आगर न हो,





ऐ धनिया सूती रहा हमरी अटरिया महलिया चूऐ लागल हो,(2)





आग लागो सोने के महलिया त आग लागो सेजिया ना हो,





ए सईया जियारा हमार व्याकुल निंद नाही अावेला हो,(2)





जाई धनि लेटली महालिया कमर पीर आवेला हो,





ए ननद हम देबो सोने के झूमूकवा त जान हमरी बचाव हूं हो,(2)





होत सवेरे किरन फूटी जाला ना हो,





ए लल्ला जामी गइले गोदिया नंदलाल महल उठे सोहर हो,





ए लल्ला जामी गइले बबुआ नंदलाल महल उठे सोहर हो,





ए लल्ला जामी गइले गोदिया बलाकवा महल उठे सोहर हो,