Sohar geet lyrics | bhojpuri sohar geet lyrics in hindi | by Sarita lokgeet | Sohar geet hindi lyrics





इसे भी पढ़ें:









मचीयानी बैठेली सासु त बहूआ से बोलेली हो





ए बहुआ एकहू बेटा बिअइतू त सोहर हम गवती ना हो





बोलिया त बोलेलु सासु त बोलहू ना जाने लुहो





ए सासू राउर बेटा हउवे नादान कदर नाहीं जाने ले हो





ए सासू राउर बेटा हउवे नादान मरम नाहीं जाने ले हो





अंगना बहारत तूहू चेरिया त अवरू लउडिया ना हो





ए चेरिया जाई खबर दे तू बबुआ महालिया बोलावहु हो





तसवा खेलत तू हूं बबुआ त तसवा जनी खेलना हो





ए बबुआ तोहर धनी बाड़ी व्याकुल घरवा बुलावहू हो





एक डेग डलले औखटवा दूसर डेग चौखट हो





ए ललना ठोके लगले बजर केवड़िया खोल ना धनी आकसर हो





किया हवे चोरवा चंडलवा त कुकुर बिलैया हवे हो





ए ललना किया हवे बबुआ के बाबूजी त केवड़िया हुडुकावेले हो





नाहीं हइ चोरवा चंडलवा त नाही कुकुर बिलैया हइ हो





ए ललना हम हइ बबुआ के बाबूजी त केवड़िया हुडुकावेनी हो





ए ललना हम हइ बबुआ के बाबूजी त सोहर सुनाव हो