You are here
Home > Sohar > सोहर गीत lyrics : ऐ ललना कान्हा के भईले जनमवा जेलवा के भीतर हो | by Sarita lokgeet

सोहर गीत lyrics : ऐ ललना कान्हा के भईले जनमवा जेलवा के भीतर हो | by Sarita lokgeet

sohar lyrics | sohar lyrics in hindi | सोहर लिरिक्स | sohar geet lyrics | by Sarita lokgeet

भादो की रतिया अन्हरिया बदरिया रिमझिम बरसेला हो,

ललना कान्हा के भइले जन्मवा जेहलवा के भीतर हो,

सुती गइले सगरे सिपाही त खुली गईले बेडिया ना हो,

ए ललना देवकी के जीअरा हरशाई गइले ने करेजवा जुड़ाई गइले हो,

डोलिया में ले ले बाबा चलले गोकुल पहुचावले हो,

ए ललना बिचवे में जमुना बढ़ी अइली कान्हा गोडवा छुवेली हो,

धनी धनी भाग यशोदा माई जिनका गोदी हरी खेले हो,

ए ललना धनी रे नंद बाबा के महलिया महलिया उठे सोहर हो,

नंद बाबा दवेले धनवा यशोदा माई गईया ना हो,

ए ललना घरे घरे बाजेला बधाइयां गोकुल उठे सोहर हो,

One thought on “सोहर गीत lyrics : ऐ ललना कान्हा के भईले जनमवा जेलवा के भीतर हो | by Sarita lokgeet

Leave a Reply

Top