sohar geet hindi lyrics | sohar hindi lyrics | sohar hindi mai lyrics | by Sarita lokgeet





इसे भी पढ़िए:-









दूर देसवा बैठी बहूरिया त फोनवा पे बोलेली हो





ए अम्मा आई जइती एही दिनवा त हमके ना बुझाला न हो -2





दूर देसवा बैठी बहूरिया त फोनवा पे बोलेली हो





ए अम्मा आई जइती एही दिनवा त हमके ना बुझाला न हो -2





सूनत खबरिया सासु आईली बहु के बतावे ली हो





ए बहूआ नीत उठी भोंरही नहइहा सूरूज गोडवा लगीह न हो -2





पढीह रामायण पोथिया त नीक नीक सोचीह ना हो





ए बहूआ जेठ लोगवन के करिह सम्मान पुत्र तोरा होइहे ना हो -2





करिह कमवा धीरे-धीरे फल फल दुधवा खइह ना हो





ए बहूआ तोहरा के होइहे होरिलवा त महल उठी सोहर हो -2





सासु बचनिया बहुआ मनली पुत्र उनका भइले ना हो





ए ललना होईगले महालिया अंजोर त घरवा उठल सोहर हो





ए ललना होईगले महालिया अंजोर अगन उठल सोहर हो