hindi sohar lyrics | sohar geet lyrics | sohar hindi lyrics | sohar hindi mai lyrics | by Sarita lokgeet





से भी पढ़िए:-









भोरवा में उठाली बहुरिया त करे असननवा ना हो





ए ललना झारी झारी बरवा सुखावे देखत निक लागेला हो -2





कुर्सी पर बाईठल पियावा त धनी के बढ़ई करे हो





ए धानी निक लागे तोहरी सुरतिया त बाडु बड़ा सुंदर हो -2





स्वामी बचनिया धनी सुनानी त बड़ा खुश भईली न हो





ए ललना ना करे लगनी आपन सिंगार त स्वामी बैठे देखें ले हो -2





करते सिंगारवा में उठे दरदिया न हो





ए ललना स्वामी गइले अम्मा बुलावन अम्मा चली आई नी न हो -2





भर दिन गईले त बीता ले दुपहरी या न हो





ए ललना होई गईली बेटी लक्ष्मी त मनवा आनंदित हो





ए ललना आई गईनी बेटी लक्ष्मी त घरवा अंजोर भइले हो





सुनी खबरिया स्वामी त बड़ा खुश भईले न हो





ए ललना लगले मिठाईया बंटवावे महलिया उठे सोहर न हो -3






https://youtu.be/4K1ROijrbsU