You are here
Home > Sohar > sohar geet hindi lyrics:- फरी गइले अमवा इमिलिया त फरी गइले जमुनिया न हो

sohar geet hindi lyrics:- फरी गइले अमवा इमिलिया त फरी गइले जमुनिया न हो

hindi sohar lyrics | sohar geet hindi lyrics | sohar hindi lyrics | sohar hindi mai lyrics | by Sarita lokgeet

इसे भी पढ़िए:-

फरी गइले अमवा इमिलिया त फरी गइले जमुनिया न हो,

ए ललना होई गइले हमरो बलकवा महलिया उठे सोहर हो -2

आई गईली सखियां सहेलियां त आ गईली ननदी न हो

एक दीदी आई बैठी हमरो महलीया त गाई सब सोहर हो -2

गाइब भौजी हम गाइब गावत नाचब हो

ए भौजी हम लेहब भतीजवा बधइया त नेगवा हमके नेगवा देहबू न हो -3

देहब ए दीदी देहब नेगवा हम देहब हो

ए दीदी नाची गाइ हमरो अँगनवा त अँगना बडा निक लागे हो -2

नाचेली ननदी त नाचत गावेली हो

ए ललना सासूजी के जिअरा आनंदित मनवा हर्षित हो -2

दिहली भौजी दिहली त नेगवा अब दिहली न हो

ए ललना हसत दिहली अशिशवा त गईली अपना घरवा न हो -3

Leave a Reply

Top