You are here
Home > Sohar > sohar geet hindi lyrics: ओबरीया मे बैठेली सासु त बहुआ अरज करे हो

sohar geet hindi lyrics: ओबरीया मे बैठेली सासु त बहुआ अरज करे हो

hindi sohar lyrics | sohar geet hindi lyrics | sohar hindi lyrics | sohar hindi mai lyrics | by Sarita lokgeet

इसे भी पढ़िए:

sohar geet hindi lyrics

ओबरीया मे बैठेली सासु त बहुआ अरज करे हो,

ए सासु सवरी घरवा झरोखा बनवइती त पिया जेवत देखती ना हो -2

सासू जे बोलही ना पावेली ननंद उठी बोलेली हो

भाजी दुवरे से पलंगिया मंगवाइ पिया के सोवत देखीह ना हो -2

सुनहूं सुनहूं मोरी ननदी तूही ठकुराइन हो

ननदी दुवरे से पलंगिया मंगवाव त पिया के बोलावना हो -2

आठ महिना बीती गइले नवा अब चढी गइले हो

सासु कवन कवन घरवा लिपाई कवन बनी सवरी ना हो -2

ज़हर पुड़ियावा ननदीया तुरत उठी बोलेली हो

भाभी लिपी ल ना भुसवल के घरवा तोहरा बेटी होइहे ना हो -2

नवा महिना लागी गइले हो होरिला जन्मी गइले हो

ए ललना कपटी ननदीया मुह जारल बैठेली महलीया मे हो

ए ललना कपटी ननदीया मुह जारल महलीया मे बैठेली हो

Leave a Reply

Top