sohar geet hindi lyrics| sohar hindi | sohar hindi mai |hindi sohar| by Sarita lokgeet





इसे भी पढ़िए:-









सासु मोरी निशदिन बोलिया बोलेली





ननदी ताना मारे ली हो





हे भगवन कवन करमवा से चुकनी ललन नाही भइले ना हो -2





सासु मोरी निशदिन बोलिया बोलेली





ननदी ताना मारे ली हो





हे भगवन कवन करमवा से चुकनी ललन नाही भइले ना हो





ए रामा कवन करमवा से चुकनी ललन नाही भइले ना हो





पेड़वा प बइठाल सुगनवा मधुर बोलिया बोलेले हो





ए धनी कइलू नहीं सासु जी के सेवा गोतिनीया से झगरा कईलू हो





ए धनी दुवरें से भिछुक लवटवलु ललन कइसे होइहे ना हो -2





बोलिया त बोलेला सुगनवा हमे समझाव ना हो





ए सुगना कवन जतन हम करी ललन हमरा होइहे ना हो -2





नित उठी भोरही नहई सूरूज गोड़वा लगीह ना हो





ए धनी नित करिहना सासु जी के सेवा गोतीनीया से मीठ बोलिह हो -2





ए धनी भूखे के भोजन करवईह नंगे के बस्तर दीहना हो





सुगना बचन धनी माने ली नीत उठी नहानी हो





ए ललना अतवार के वरतवा राखली सूरुज़ गोड लगली ना हो





ए धनी सासु जी के सेवा कइली गोतीनीया से मीठ बोलली हो





ए ललना भूखे के भोजन करवईली नंगे के बस्तर दीहली ना हो





ए ललना होइ गोदीया ललनवा महलिया उठे सोहर हो





ए ललना छुटी गइले बझिनीया के नाव महलींया उठल सोहर हो