hindi sohar lyrics | sohar geet hindi lyrics | sohar hindi lyrics | sohar hindi mai lyrics | by Sarita lokgeet
इसे भी जरूर पढ़ें:-
- Hindi Sohar Lyrics: दूर देसवा बैठी बहूरिया त फोनवा पे बोलेली हो
- Sohar Geet Hindi Lyrics: ओबरीया मे बैठेली सासु त बहुआ अरज करे हो
- Sohar Geet Hindi Lyrics: आजू मोरा भइले ललनवा अंगना आजन बाजन बाजे हो
बिहके बहुरिया अईली ससुरा त घर आंगन निक लागे हो
ए ललना लोगवा जे देखन आवे बहुरिया बडा सुंदर हो -2
बिहके बहुरिया अईली ससुरा त घर आंगन निक लागे हो
ए ललना लोगवा जे देखन आवे बहुरिया बडा सुंदर हो -2
पाँच बरीसवा भईले बिहावा के एकोना होरिलवा ना हो
ए ललना लोगवा जे मारे ले ताना बहुवा भइली बाझीनी हो -2
तनवा जे सुनी बहुवा रोवे ली सासु समझावेली हो
ए बहुवा धीर धर होइहे होरिलवा महालिया अंजोर होई हो -2
ऐतना बचन बहुवा सुनली सुनते ही खुश भईली ना हो
ए अम्मा कवन जतन हम करी होरिलवा हमरा होई हे ना हो -2
ऐतना बचन सासु सुनेली सुनते ही बोलेली हो
ए बहुवा कईला न गजानन पुजनवा होरिलवा तोहरा होई हे ना हो -2
ऐतना वचन बहुवा सुनेली सुनते ही करेली हो
ए ललना चल दिहली करे पुजनवा त कलीहली पुजनवा ना हो -2
सलभितरे उनका ललनवा भइले महलिया सोहर उठल हो
ए ललना दुखहर्ता दुखवा हर ले महलिया अंजोर कइले हो -2
1 टिप्पणियाँ
[…] […]
जवाब देंहटाएं