hindi sohar lyrics | sohar geet hindi lyrics | sohar hindi lyrics | sohar hindi mai lyrics | by Sarita lokgeet





इसे भी पढ़िए:









sohar geet hindi lyrics





ओबरीया मे बैठेली सासु त बहुआ अरज करे हो,





ए सासु सवरी घरवा झरोखा बनवइती त पिया जेवत देखती ना हो -2





सासू जे बोलही ना पावेली ननंद उठी बोलेली हो





भाजी दुवरे से पलंगिया मंगवाइ पिया के सोवत देखीह ना हो -2





सुनहूं सुनहूं मोरी ननदी तूही ठकुराइन हो





ननदी दुवरे से पलंगिया मंगवाव त पिया के बोलावना हो -2





आठ महिना बीती गइले नवा अब चढी गइले हो





सासु कवन कवन घरवा लिपाई कवन बनी सवरी ना हो -2





ज़हर पुड़ियावा ननदीया तुरत उठी बोलेली हो





भाभी लिपी ल ना भुसवल के घरवा तोहरा बेटी होइहे ना हो -2





नवा महिना लागी गइले हो होरिला जन्मी गइले हो





ए ललना कपटी ननदीया मुह जारल बैठेली महलीया मे हो





ए ललना कपटी ननदीया मुह जारल महलीया मे बैठेली हो