hindi sohar lyrics | sohar geet hindi lyrics | sohar hindi lyrics | sohar hindi mai lyrics | by Sarita lokgeet





इसे भी पढ़िए:-









फरी गइले अमवा इमिलिया त फरी गइले जमुनिया न हो,





ए ललना होई गइले हमरो बलकवा महलिया उठे सोहर हो -2





आई गईली सखियां सहेलियां त आ गईली ननदी न हो





एक दीदी आई बैठी हमरो महलीया त गाई सब सोहर हो -2





गाइब भौजी हम गाइब गावत नाचब हो





ए भौजी हम लेहब भतीजवा बधइया त नेगवा हमके नेगवा देहबू न हो -3





देहब ए दीदी देहब नेगवा हम देहब हो





ए दीदी नाची गाइ हमरो अँगनवा त अँगना बडा निक लागे हो -2





नाचेली ननदी त नाचत गावेली हो





ए ललना सासूजी के जिअरा आनंदित मनवा हर्षित हो -2





दिहली भौजी दिहली त नेगवा अब दिहली न हो





ए ललना हसत दिहली अशिशवा त गईली अपना घरवा न हो -3