hindi sohar lyrics | sohar geet hindi lyrics | sohar hindi lyrics | sohar hindi mai lyrics | by Sarita lokgeet





इसे भी पढ़ें:-









अमवा के पेडवा लगवनी, लगवनी हम इमली न हो





ए ललना एक नाही लवनी निमिया शीतल छईया नाही आवे हो -2





भरल हवे भइया भतीजवा त गउवा जवरवा न हो





ए ललना एक नाही हउवे होरिलवा भवनवा सुन लगे हो -2





केहू कहले बहुआ तू हइ कर केहू कहले हउ कर हो





ए ललना कई कई हरनी जतनवा होरिलवा नहीं भईले न हो -2





दुवरे पर आवे एगो भीक्षुक भिक्षा देवे जानी न हो





ए ललना कहेलगले कईला ना माई पुजनवा होरिलवा तोहरे होईहे न हो





ए बहुआ कईला ना माई पुजनवा होरिलवा तोहरे होईहे न हो





कई लीहनी माई पुजनवा त चुनरी चढ़ईली न हो





ए ललना आई गइले शुभ खबरिया त मनवा आनंदित हो -2





8 महीना बीत ले नवा अब चढ़ी गइले हो





ए ललना जामी गइले जुड़वा होरिलवा महालिया सोर भईले हो





ए ललना जामी गइले जुड़वा होरिलवा महल सोहर उठे हों





ए ललना बाजे लागल आनंद बधाईया मोहनिया उठे सोहर हों