Bhojpuri Sohar lyrics | Sohar geet in hindi lyrics | Krishn sohar in hindi lyrics | by Sarita lokgeet









भोरही में उठली बहुरिया सासु गोड़वा लागे नी हो





ए ललना एक एडा मरनी करेजवा त दूर रहूं बाझीन रे -2





भोरवे में उठली बहुरिया सासु गोड़वा लागे नी हो





ए ललना एक एडा मरली करेजवा त दूर रहूं बाझीन रे -2





सासु गोड़वा अगली ससुर गोड़वा अवरु गोतीन गोड़वा हो





ए ललना बिगडल के केहू ना सहारा त बोलिया सब बोले ले हो





ए ललना बिगडल के केहू ना सहारा त बिरहिया बोलिया बोले ले सब





बाहरे से आवेले साहेबवा धनी मुहवा ताकेले हो





ए धनी काहे बैठी मनवा हमारी सुसुकी के रोवेलु हो -2





अवध के सरजू नहायो त बचन मोरी मानहु हो





ए धनी रवि दिनवा सुरज मानायो त पुत्र तोरा होइहन हो





ए धनी रवि दिनवा सुरज मानाऊ त पूत्र तोरा दिहन हो





पुरूष बचन धनी सुनली की होरिला जन्म ले ना हो





ए ललना उठी गइले आनंद बधईया महल उठे सोहर हो





ए ललना उठी गइले आनंद बधईया महलिया उठेले सोहर न हो