You are here
Home > Sohar > Sohar geet lyrics: हम त जानीला पियवा खेते, गइले अवरू खलिहाने गइले हो

Sohar geet lyrics: हम त जानीला पियवा खेते, गइले अवरू खलिहाने गइले हो

hindi sohar lyrics | sohar geet hindi lyrics | sohar hindi lyrics | sohar hindi mai lyrics | by Sarita lokgeet

इसे भी पढ़िए:-

Buy now

हम त जानीला पियवा खेते, गइले अवरू खलिहाने गइले हो, ए ललना चली गइले बहिनी लियावन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।

आगे-आगे चलेली ननदिया त पिछवा भयनवा न हो, ए ललना ताही पिछवा अइले कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।

कहवा बइठइबो ननदिया त कहवा भयनवा न हो,ए ललना कहवा बइठइबो कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।

घरवा बइठइबो ननदिया त दुवरे भयनवा न हो,ए ललना घुर खेत बइठइबो कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।

काइ खिअइबो ननदिया त काइ भयनवा न हो,ए ललना काइ खिअइबो कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।

पुडिया खिअइबो ननदिया त अवरू भयनवा न हो,ए ललना नून भात खिअइबो कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।

कहवा सुतइबो ननदिया त कहवा भयनवा न हो,ए ललना कहवा सुतइबो कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।

घरवा सुतइबो ननदिया त दुवरे भयनवा न हो,ए ललना घुर खेत सुतइबो कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।

हम त जानीला पियवा खेते, गइले अवरू खलिहाने गइले हो, ए ललना चली गइले बहिनी लियावन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।

Leave a Reply

Top