hindi sohar lyrics | sohar geet hindi lyrics | sohar hindi lyrics | sohar hindi mai lyrics | by Sarita lokgeet





इसे भी पढ़िए:-













Buy now





हम त जानीला पियवा खेते, गइले अवरू खलिहाने गइले हो, ए ललना चली गइले बहिनी लियावन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।





आगे-आगे चलेली ननदिया त पिछवा भयनवा न हो, ए ललना ताही पिछवा अइले कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।





कहवा बइठइबो ननदिया त कहवा भयनवा न हो,ए ललना कहवा बइठइबो कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।





घरवा बइठइबो ननदिया त दुवरे भयनवा न हो,ए ललना घुर खेत बइठइबो कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।





काइ खिअइबो ननदिया त काइ भयनवा न हो,ए ललना काइ खिअइबो कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।





पुडिया खिअइबो ननदिया त अवरू भयनवा न हो,ए ललना नून भात खिअइबो कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।





कहवा सुतइबो ननदिया त कहवा भयनवा न हो,ए ललना कहवा सुतइबो कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।





घरवा सुतइबो ननदिया त दुवरे भयनवा न हो,ए ललना घुर खेत सुतइबो कुलबोरन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।





हम त जानीला पियवा खेते, गइले अवरू खलिहाने गइले हो, ए ललना चली गइले बहिनी लियावन देखी के जियरा जर जाला सुनी के जियरा जर जाला।






https://youtu.be/IV8MpZsTjT8