Jhumar song lyrics in hindi, jhumar geet lyrics in bhojpuri, jhumar geet lyrics in hindi, jhumar geet in hindi lyrics, jhumar geet in bhojpuri lyrics, jhumar geet lyrics, by Sarita lokgeet


गोरी हो सासु के बोलिया कईसन लागेला, दिलवा खोल के बोल गोरिया मधुर बोलियां।  हमरा सासु के बलिया तनिको ना भावेला कि जैसे दलिया प करछूल छटाक मारेला।

 गोरी हो नंनदी के बोलिया कईसन लागेला दिलवा खोल के बोल गोरिया मधुर बोलिया। हमारा नंनदी के बोलिया तनिको ना भावेला कि जैसे ललकी मिरचइया के तितइया लागेला
 गोरी हो गोरी हो गोतीन के बोलिया कईसन लागेला दिलवा खोल के बोल गोरिया मधुर बोलिया हमरा गोतीन के  बोलीया तनी को ना भावे ला कि जैसे सरसों के तेलवा के  झांक लागेला।